सब सांसदन प बइठल भोजपुरिया भूत
भोजपुरिया बाबू
द संडे इंडियन मैगजीन के भोजपुरी में निकाले के फैसला अपने आप में भोजपुरी के सम्मान में एगो नीमन कदम रहे बाकिर बीतल साल भर से निकल रहल ई भोजपुरी पत्रिका रोज-रोज एगो नया परयोग क के भोजपुरी के सम्मान में चार चांद लगा रहल बिया. अबकी बार के नयका अंक में भोजपुरिया सांसदन प एह पत्रिका के विशेष आयोजन अतना नीक बा कि सब भोजपुरियन के ई अंक जरुर पढ़े के चाहीं.भोजपुरी भासा के सम्मान खातिर सांसद में पहुचल तीन दर्जन भोजपुरिया सांसदन के उनका माटी अउर उकर बोली के याद दिला के सांच में ई पत्रिका भोजपुरी आंदोलन के एक नया मुकाम देले बा. सब भोजपुरिया सांसदन के इहे कहनाम बा कि ऊ अबकि बार भोजपुरी के आठवी अनुसूचि में डलवा के दम लीहन. ई एगो नीक पहल बा. काहे कि एह आयोजन में सब सांसद लोग अपना पार्टी से ऊपर उठ के आपन भासा आ आपव बोली खातिर एक मंच प आ गइल बाडे़. चाहे लालू होकस आ बिहारी बाबू ,महाबल मिश्रा होकस आ ओमप्रकाश यादव सब के सब सांसदन प भोजपुरिया भूत बइठ गइल बा. ई तबे भागी जब भोजपुरी के ओकर उचित सम्मान मिल जाई.
एह सांसदन के एकता के एगो नजारा 22 मई के ओ बेरा देखे के मिलल रहे जब भोजपुरी समाज के अध्यभ अजीत दूबे एह भोजपुरिया जीतल सांसदन के सम्मान में कंस्टीच्यूसनल क्लब में एगो आयोजन कइले. ओह आयोजन में संजय निरुपम ,महाबल मिश्रा,कौशल किशोर,रेवती रमण सिंह,ओम प्रकाश यादव,नीरज शेखर आ जगदंबिका पाल अउर सुबोध कांत सहाय सहीत कगो भोजपुरिया गला मिललें. ई उहे दिन रहे जहीया एक ओर 15वां लोकसभा के गठन होखत रहे आ सांसद सब के राष्ट्रपति प्रतिभा देवी सिंह पाटिल उनकर पद आ गोपनियता के सपथ दिलावत रहली.संसद के पहिले दिने एह सांसदन के भोजपुरिया माटी के याद दिला के भोजपुरी समाजो सांच में एगो क्रांतिकारी कदम उठइलस.
एह आलेख प आपन कमेंट रउआ लोग हमरा मो.प एस एम एस कर सकीला हमार न. ह.91-9891798609
कब तक बने रहेंगे दरिद्र नारायण !!
-
आशुतोष कुमार सिंह
‘मनुष्य जाति ईश्वर को-जो वैसे नामहीन है और मनुष्य की वृद्धि की पहुंच के परे
हैं.जिन पर अनन्त नामों से पहचानती है, उनमें से एक नाम दरिद्र ...
16 years ago

No comments:
Post a Comment