इ बिमार लोग हउअन !
नई दिल्ली (आशुतोष कुमार )
लाहौर में भइल क्रिकेटरन पर हमला क्रिकेट आउर पुरा मानवता खातिर कलंक बा . हमला करे वाला चाहे जे भी होके ओकर जतना भी निंदा कइल जाव उ कमे बा . इ हमला खाली श्रीलंका टीम पर नइखे भइल बल्कि एकर असर व्यापक पडी . एकरा प्रभाव के जद में अब 2011 के विश्व कप भी रही . पाकिस्तान में भइल इ हमला पाकिस्तान क्रिकेट खातिर कब्र के कील साबित हो सकेला . हालांकि पाकिस्तान ए हमला में भारत के हाथ होखे के कहत बा . पाक के इ प्रयास बा कि मुम्बई हमला से कइसहूं अंतरराष्ट्रीय समुदाय के ध्यान भटकावल जाव . बाकिर पाकिस्तान के प्रयास कबहूं सफल ना होइ .पाक के मंसूबा से सबलोग परिचित बा . सक के सूई लिट्टे पर भी घुमत बा . आंतक के कवनो माई – बाप ना होला ,कवनो मजहब ना होखेला . जरुरत ए बात के बा की इ आंतकवादियन के आंतकवादी ना कहके समाज के बिमारी कहल जाव . आंतकवादी कह के हमनी के ओकनी के ब्राड डेवेलप करत बानी सन .
कब तक बने रहेंगे दरिद्र नारायण !!
-
आशुतोष कुमार सिंह
‘मनुष्य जाति ईश्वर को-जो वैसे नामहीन है और मनुष्य की वृद्धि की पहुंच के परे
हैं.जिन पर अनन्त नामों से पहचानती है, उनमें से एक नाम दरिद्र ...
16 years ago

No comments:
Post a Comment