Sunday, November 15, 2009

राज ठाकरे के हिंदी प्रेम!!
आशुतोष कुमार सिंह
राज भाई रउआ के हमार नमन। रउआ हिंदी के विरोध क के आपन हिंदुस्तानी होखे के पुरा परिचय दे देले बानी। हिंदी में अबू आजमी के शपथ लेवे से रोक के आपन मराठी प्रेम के डंका पीटवा देले बानी। राउर एह कारनामा से हिंदी के लोगन में हिंदी के लेके राष्ट्रवाद हिलोर मारे लागल बा. बाकिर राउर मराठी प्रेम रउआ के केतना महान बनावत बा कबो सोचले बानी!! शायद ना सोचले होखब. रउआ के एगो चोर के कहानी सुनावत बानी. एगो चोर रहे. खुब लूट मचवले रहे. एक दिन ओकरा एगो साधू से भेंट हो गइल. साधू ओकरा से पुछलस अरे भाई तू आपन जान प खेल के ई सब धन केकरा खातिर बटोरत बाड़? ऊ तनी मुसकइलस, आ कहलस ई कइसन बुरबक वाला सवाल पुछतबानी. सब केहू आपन बाल बच्चा खातिर मरे ला हमहूं मरत बानी. साधू कहलस ठीक बा, तू तनी आपन बाल-बच्चा से जाके पूछत की ऊ तोहरा पाप में भागी बनीहन. ऊ कहलस का हे ना. फेर पूछे आपन घरे चल गइल. ओकर मेहरारू कहलस कि हमनी के पेट भरल राउर फरज बा. बाकिर रउआ पाप के भागी हमनी के काहे बनब जा. ई सुन के चोर के होश आ गइल. आ ऊ सुधर गइल. ठीक एही तरह का राज ठाकरे के ई कबो बुझा पाई कि जवन मराठा मानुष के ऊ बात करत बाड़े, ऊ पुरा हिंदुस्तान में विचरे के चाहत बा, समुन्द्र में तैरे के चाहत बा ना कि कुंआ के मेढक बन के रहे के चाहत बा. हमरा उमेद बा कि राज ठाकरे के ई बात जल्दी समझ में आ जाई. ना आई त उनका प कब यमराज मेहरबान हो जइहन केहूं नइखे जानत.
zashusingh@gmail.com

No comments: