Friday, April 10, 2009


जितने पर भोजपुरी राज्य की मांग :मनोज तिवारी

by
आशुतोष कुमार सिंह


हम जितेम त अलग भोजपुरी राज्य के मांग करेम .ई कहनाम बा भोजपुरी स्टार मनोज तिवारी के . गोरखपुर में महुआ टीवी के दीहल एगो खास इंटरभ्यू में मनोज तिवारी कहले बाड़न की केंद्र सरकार पूर्वाचल के लोगन के हमेसा से उपेक्षित रखले बा. बिहार के नेता मंत्री त बन जालें लेकिन बनला के बाद मस्त हो जालें. मनोज के एह बात के दुख बा की राज ठाकरे अइसन छोट आदमी पूरबिया लोगन के मार -मार के भगा रहल बा लेकिन सरकार कुछ नइखे कर पावत .राजनीति में लिआवे के श्रेय मुलायम सिंह अउर अमर सिंह के उ देते हुए कहलें की लोगन के दर्द के अहसास उनकरा अब होखता जब उ क्षेत्र में घुमत बाड़न. उनकरा के नचनिया -बजनिया बतावे वालन लोगन के जवाब देते हुए उ कहलें कि जे संगीत अउर साहित्य के दुश्मन बा उ पशु समान बा. भोजपुरी में पिछला 33 साल से केहु के पद्मश्री अवार्ड न देहला से तिवारी बहुत व्यथित बाड़न .उनकर कहनाम बा कि 33 करोड़ लोगन के भाषा में अइसन कवनों कलाकार नइखन जेकरा के इ अवार्ड दीहल जा सके. गौरतलब बा कि मनोज तिवारी गोरखपुर से समाजवादी पार्टी के टिकट पर लोकसभा के चुनाव लड़त बाड़न..

No comments: